संदेश

Kusum Rang Sadiya Raja Ji Lyrics | आवतार कइके नोकरिया लिरिक्स

आवतार कइके नोकरिया जाके किन लीह तू बजरिया  कुसुम रंग सड़िया राजा जी बेलाउज एगो करिया राजा जी  लाली रे पलंगिया पर सेजिया डसाइब  सड़िया सिलिक वाली पेन्ह के झमकाइब  होखे सितारा जड़िया जवन लागल अरिया अरिया  कुसुम रंग सड़िया राजा जी बेलाउज एगो करिया राजा जी  Kusum Rang Sadiya Raji Ji Lyrics: देख के तू निमन लीह भले लागी दाम हो  फोटो पहिले भेजीह ए विधाता बलिराम हो  धरब विशाल कब गड़िया खोल के राखब घर के केवड़िया  कुसुम रंग सड़िया राजा जी बेलाउज एगो करिया राजा जी  समाप्त….✔️ 

Bhorahi Muskura Dele Badi Lyrics | आज हमके मुआ देले बाड़ी लिरिक्स

आज हमके मुआ देले बाड़ी, रुख़ से पर्दा हटा देले बाड़ी  आज अच्छा कटी दिन बुझाता  भोरही मुस्कुरा देले बाड़ी  मायकदा आज जायेके नइखे  आँख से ही पिया देले बाड़ी  Aaj Hamke Mua Dele Badi Lyrics Rakesh Tiwari कुछ त सुलगत बा पिघलत बा अंदर  आग अइसन लगा देले बाड़ी  लब सियल बाटे लब से ए भावुक  लब से लब के सटा देले बाड़ी  समाप्त…..

Aise Kehu Chhodke Kaha Jala Kanha Banshi Wala Golu Raja Lyrics | कान्हा वंशी वाला लिरिक्स |

 यशोदा के लाला तहरो तनी ना बुझाला  कान्हा वंशी वाला  अईसे केहु छोड़ि के कहाँ जाला कान्हा वंशी वाला  भेजले बानी पाती पढ़ीह उद्धो जी के हाथे  बाड़ तू मगन आख़िर केकरा हो साथे  हँसी के बोलेवाला तोहरो दिल बाटे काला कान्हा वंशी वाला अईसे केहु छोड़ि के कहाँ जाला  आजु काल्ह करत करत होई गईलें साल हो  भइल बा बेहाल तहरा राधा के हाल हो  तहरी जुदाई हमसे तनी ना सहाला कान्हा वंशी वाला Kanha Banshi Wala Golu Raja Lyrics: असरे में काटत बानी गोपाल जी हो दिनवा  छिनले मनमोहन बाड़े नैना से निनवा  परल बाड़ें पाला दिलवा मार दिहल भाला कान्हा वंशी वाला  समाप्त……

Bhaiya Ke Kamai Dekh Ke Lyrics | धइले बाटे अलगा के बेमारी लिरिक्स |

 भैया के कमाई देखके भौजी भैली भारी मुंह लटकवले बाड़ी  धइले बाटे अलगा के बेमारी  खाली ना पियेली ना हसेली बोलेली  हरदम मुहवा में फ़ुसूर फ़ुसूर करेली  ताना रोज़ मारत बाटे पटी पट्टीदारी मुँह लटकवले बाड़ी  Muh Latkavale Baadi Lyrics  घरवा के काम धंदा एको गो ना करेली  का जाने भौजी कैसे घर में रहेली  देहिया पे पेनहेल बाड़ी फाटल फाटल साड़ी मुँह लटकवले बाड़ी  समाप्त……

Ye Saiya Tohake Dekhle Ketna Din Ho Gail | ए सैया तोहके देखले केतना दिन हो गइल लिरिक्स

 जिनगी तोहरा नावे तारमीन हो गइल  ए सैया तहके देखले केतना दिन हो गइल  तोहार याद सतावता हमरा के रोवाअता  तन पर के गहना सब टीन हो गइल  Jinagi Tohra Naave Tarmin Ho Gail Lyrics  कहिया आइबा राजा, देल हमरा के साजा   रेशम के साड़ी मारकिन हो गइल  ए पिया कमलेश, चलि आव अपना देश गुंजन तोहार नौकरी सवतीन हो गाइल  समाप्त……

Achar Bhuj Gail ba Nayanva Ke Neer Se Lyrics | आँचर भींज गइल बा लिरिक्स

चित्र
  आँचर भींज गइल बा नयनवा के नीर से लिरिक्स  गरज के बरस जाला ऊ बदरा कइसन  एक झोंका से सरक जाला ऊ अंचरा कइसन  रऊरे किरिए क़हत बानी ए सइयाँ  लोर बहला से ढरक जाला ऊ कजरा कइसन  आँचर भींज गइल बा नयनवा के नीर से  ना जाने कवना पीर से ना  १. सिर पर बूँदा सोहे लाल      ख़िलल बा दोनों तरफ़ के गाल  राह में चलत बाड़ी केतना गंभीर से  ना जाने कवना पीर से ना  २. रूप रचलें विधाता     हमरा देखला से जनाता  वर्णन करीं केतना पैर और सिर के  ना जाने कवना पीर से ना  ३. कविता कइलें हनुमान      जेकर पवट बा मकान  ई त फँसल बाड़ी मुरलीधर अहीर से  ना जानें कवना पीर से ना  ना जानें कवना पीर से ना लिरिक्स  आँचर भींज गइल बा नयनवा के नीर से  ना जाने कवना पीर से ना  समाप्त…..

Hanumat Acharaj Dekhani Lankava Nagar Me Vibhishan Ji Ke Ghar Me Na

Hanumat Acharaj Dekhani Lyrics: लंकवा नगर में  हनुमत अचरज देखनी लंकवा नगर में  विभीषण जी के घर में ना  देखलें तुलसी के गाँछ  मन में सोचे लगले बात  के बा हरि भजनिया करत एह नगर में  विभीषण जी के घर में ना  विभीषण जी के घर में ना लिरिक्स  हनुमत वानर रूपवा धइलें  उनका कुटिया में गइलें  उनसे परिचय पुछलें नरमी तेवर में  विभीषण जी के घर में ना  हमार विभीषण हऊवे नाम  भजन करीं सुबह शाम  गुंजन डूबलें अइसन भगती लहर में  विभीषण जी के घर में ना  समाप्त….

Man Ban Vyapari Ram Naam Ke Lyrics | मन बन व्यापारी राम नाम के लिरिक्स ।

चित्र
Man Ban Vyapari Ram Naam Ke Lyrics: Rajan Ji Maharaj  राम नाम के हो राम नाम के हो राम नाम के  मन बन बैपारी राम नाम के  सत् के सुआ संतोष के सुतारी  धर्म तर्जुई दया के दोकनदारी राम नाम के  मन बन बैपारी राम नाम के  मन बन व्यापारी राम नाम के लिरिक्स : राजन जी महाराज  केहु त सराही केहु देत बाटे गारी  केहु कहे ई त हवे नवका भिखारी राम नाम के  मन बन बैपारी राम नाम के  गते गते कह चाहें कह चिचियाई के  खाली पेट कह चाहें भर पेट खाईके राम नाम के  मन बन बैपारी राम नाम के 

EHI RAHIYA HARI JI KE AAVAN HOI LYRICS RAJAN JI MAHARAJ | एही रहिया हरि जी के आवन होई लिरिक्स

चित्र
  EHI RAHIYA HARI JI KE AAVAN HOI एही रहिया हरि जी के आवन होई  टूटही मड़इया सुहावन होई  रोज रोज़ राह सबरी झारेली बहारेली  झारि के बहारि के डगर निहारेली  अंसुवन से चरण पखारन होई  टूटही मड़इया सुहावन होई  एही रहिया हरि जी के: राजन जी महाराज  मीठी मीठी बेर सबरी तुरेली बटोरेली  तुरी के बटोरी के डलिया में धरेली  मधुर बयेरिया हरि के खियावन होई  टूटही मड़इया सुहावन होई  राम राम रटते बितल सगरो उमरिया  दिन रात इहे सोचे मन में भिलनिया  साँवरी सुरतिया मनभावन होई  टूटही मड़इया सुहावन होई  कहे अवधेश दास भज सिया साजन  भजले से होई जाई भव पार राजन  जिनगी के बगिया पावन होई  टूटही मड़इया सुहावन होई  एही रहिया हरि जी के आवन होई  टूटही मड़इया सुहावन होई  समाप्त:——

सावली सूरत पे मोहन दिल दीवाना हो गया लिरिक्स | Dil Diwana Ho Gaya Lyrics

चित्र
  सांवली सूरत पे मोहन दिल दीवाना हो गया लिरिक्स  सांवली सूरत पे मोहन दिल दीवाना हो गया  दिल दीवाना हो गया दिल दीवाना हो गया एक तो तेरे नैन तिरछे दूसरा काजल लगा तीसरा नज़रें मिलाना दिल दीवाना हो गया एक तो तेरे होंठ पतले दूसरा लाली लगी तीसरा तेरा मुस्कुराना दिल दीवाना हो गया Dil Diwana Ho Gaya Lyrics  एक तो तेरे हाथ कोमल दूसरा मेहँदी लगी तीसरा मुरली बजाना दिल दीवाना हो गया एक तो तेरे पाँव नाज़ुक दूसरा पायल बंधी तीसरा घुंगरू बजाना दिल दीवाना हो गया एक तो तेरे भोग छप्पन दूसरा माखन धरा तीसरा खिचडे का खाना दिल दीवाना हो गया एक तो तेरे साथ राधा दूसरा रुक्मण खड़ी तीसरा मीरा का आना दिल दीवाना हो गया एक तो तुम देवता हो दूसरा प्रियतम मेरे तीसरा सपनों में आना दिल दीवाना हो गया सांवली सूरत पे मोहन दिल दीवाना हो गया दिल दीवाना हो गया दिल दीवाना हो गया