Aise Kehu Chhodke Kaha Jala Kanha Banshi Wala Golu Raja Lyrics | कान्हा वंशी वाला लिरिक्स |

 यशोदा के लाला तहरो तनी ना बुझाला 

कान्हा वंशी वाला 

अईसे केहु छोड़ि के कहाँ जाला कान्हा वंशी वाला 


भेजले बानी पाती पढ़ीह उद्धो जी के हाथे 

बाड़ तू मगन आख़िर केकरा हो साथे 

हँसी के बोलेवाला तोहरो दिल बाटे काला कान्हा वंशी वाला अईसे केहु छोड़ि के कहाँ जाला 

आजु काल्ह करत करत होई गईलें साल हो 

भइल बा बेहाल तहरा राधा के हाल हो 

तहरी जुदाई हमसे तनी ना सहाला कान्हा वंशी वाला

Kanha Banshi Wala Golu Raja Lyrics:

असरे में काटत बानी गोपाल जी हो दिनवा 

छिनले मनमोहन बाड़े नैना से निनवा 

परल बाड़ें पाला दिलवा मार दिहल भाला कान्हा वंशी वाला 


समाप्त……

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

गिरिवर राज के किशोरी हे मैया पैया तोरी पड़ी लिरिक्स ।

Amwa Lagawala Piya Ho Lyrics | अमवा लगवल पिया हो महुआ लगवल लिरिक्स

EHI RAHIYA HARI JI KE AAVAN HOI LYRICS RAJAN JI MAHARAJ | एही रहिया हरि जी के आवन होई लिरिक्स